‘दोषियन के बख्शल नाही जाई…’, LPU बवाल के बाद CM मान सख्त; DGP गौरव यादव के ग्राउंड प जइले के निर्देश

By Shweta Supriya

Published on: Sep 29, 2026

चंडीगढ़। लवली प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी (एलपीयू) में छात्रा से दुष्कर्म के आरोप के खिलाफ स्टूडेंट लोग के प्रदर्शन आ नेशनल हाईवे जाम कइला के मामला में मुख्यमंत्री भगवंत सिंह मान सख्त रुख अपनवले बाड़ें। मुख्यमंत्री मामिला

Share

चंडीगढ़। लवली प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी (एलपीयू) में छात्रा से दुष्कर्म के आरोप के खिलाफ स्टूडेंट लोग के प्रदर्शन आ नेशनल हाईवे जाम कइला के मामला में मुख्यमंत्री भगवंत सिंह मान सख्त रुख अपनवले बाड़ें।

मुख्यमंत्री मामिला में दोषियन के खिलाफ सख्त से सख्त कार्रवाई के आदेश देले बाड़ें। एकरा साथे डीजीपी गौरव यादव के खुद ग्राउंड पर जा के स्थिति के जायजा लेवे के निर्देश देहले हवे।

मुख्यमंत्री के निर्देश के बाद पुलिस प्रशासन पूरा घटनाक्रम के गंभीरता से ले कार्रवाई तेज कइ दिहले बा। डीजीपी गौरव यादव के मौका प पहुंच के कानून-व्यवस्था के स्थिति के समीक्षा करे, स्टूडेंट लोग से बातचीत करे आ पूरा घटनाक्रम के जानकारी लेहले के निर्देश दिहल गइल बा।

मुख्यमंत्री ईहो साफ क दिहले बाड़ें कि मामला में जे व्यक्ति दोषी मिली, ओकरे खिलाफ कानून के मुताबिक कड़ा कार्रवाई कइल जाइ|

अफवाह इंटरनेट पs वायरल भइला के बाद भड़क गइ रहे छात्र

एलपीयू में छात्रा से दुष्कर्म के आरोप से जुड़ल मैसेज इंटरनेट मीडिया प वायरल भइले के बाद स्टूडेंट लोग बड़हन संख्या में सड़क प उतर आइल। नेशनल हाईवे जाम क दिहला के चलत जालंधर आ लुधियाना के बीच यातायात व्यवस्था बुरी तरह प्रभावित हो गइल। एलपीयू से रामा मंडी होत पीएपी तक गाड़ियन के लंबा कतार लाग गइल।

जाम के स्थिति के देखत पुलिस ट्रैफिक डायवर्ट कइ दिहलस। रामा मंडी के ओर आवे वाला गाड़ियन के होशियारपुर रोड के ओर भेजल गइल, जबकि जालंधर से कैंट के ओर जाए वाला गाड़ियन के चरणबद्ध तरीका से कैंट आ नकोदर के रास्ता से हाईवे प भेजले के व्यवस्था कइल गइल।

स्टूडेंट लोग के प्रदर्शन जारी रहे के चलते पुलिस के यातायात सामान्य कएले में काफी मशक्कत करे के पड़ल।

यूनिवर्सिटी वायरल दावा के बतवलस झूठ

एलपीयू के रजिस्ट्रार डॉ. मोनिका गुलाटी इंटरनेट मीडिया प फैल रहल संदेश आ दावा के झूठ, बेबुनियाद आ मनगढ़ंत बतवले । यूनिवर्सिटी के ओर से कहल गइल बा कि कुछ असामाजिक तत्व इंटरनेट मीडिया आ दोसर माध्यम से अफवाह फइला रहल बाड़ें, जवना से स्टूडेंट लोग के बीच भ्रम के स्थिति पैदा हो रहल बा आ यूनिवर्सिटी के शांतिपूर्ण शैक्षणिक माहौल खराब कइले के कोशिश हो रहल बा।

यूनिवर्सिटी स्टूडेंट, अभिभावक आ आम लोग से अपील कइले बिया कि ऊ लोग अपुष्ट जानकारी प भरोसा ना करे आ खाली यूनिवर्सिटी के आधिकारिक माध्यम से जारी जानकारी के ही सही माने।

एफआईआर दर्ज, मैसेज के स्रोत क जांच

एह मामला में पुलिस एफआईआर दर्ज कइ लिहले बिया। अब पुलिस पूरा घटनाक्रम के साथे इंटरनेट मीडिया पवायरल भइल मैसेज के स्रोत के जांच कर रहल बिया। साइबर सेल ई पता लगावे में जुटल बा कि संदेश सबसे पहिले कवन नंबर आ अकाउंट से सामने आइल आ ओकरा बाद के तरह से एकरा के आगे फइलावल गइल।

मुख्यमंत्री के निर्देश के बाद अब डीजीपी स्तर प मामला के निगरानी कइल जा रहल बा। ग्राउंड प स्थिति के जायजा लिहला के बाद पुलिस के ओर से आगे के कार्रवाई कइल जाई। मुख्यमंत्री दोषियन के खिलाफ सख्त कार्रवाई के आदेश देहके साफ क दिहले बाड़ें कि मामला में कवनो स्तर प लापरवाही बर्दाश्त नाही कइल जाई।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.