CBSE : लोखंडे प्रशांत सीताराम बनलें नया चेयरमैन, शिक्षा बेवस्था में बड़ बदलाव के उम्मेद 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2026

नई दिल्ली। केंद्र सरकार केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) के नया चेयरमैन के रूप में वरिष्ठ आईएएस अधिकारी लोखंडे प्रशांत सीताराम के नियुक्ति कइले बिया। एह संबंध में आधिकारिक आदेस जारी कs दिहल गइल बा।

Share

CBSE 10th Admit Card 2026 Second Board Exam

नई दिल्ली। केंद्र सरकार केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) के नया चेयरमैन के रूप में वरिष्ठ आईएएस अधिकारी लोखंडे प्रशांत सीताराम के नियुक्ति कइले बिया। एह संबंध में आधिकारिक आदेस जारी कs दिहल गइल बा। साल 2001 बैच के आईएएस अधिकारी लोखंडे प्रशांत सीताराम के शिक्षा प्रशासन आ नीति निर्माण के क्षेत्र में लमहर अनुभव के देखते ई महत्वपूर्ण जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

एकरा संगही वरुण भारद्वाज के सीबीएसई के नया सचिव बनावल गइल बा। शिक्षा क्षेत्र में ई बदलाव ओह समय कइल गइल बा जब बोर्ड परीक्षा प्रणाली, डिजिटल शिक्षा आ नई शिक्षा नीति (NEP) के प्रभावी ढंग से लागू करे पs विशेष जोर दिहल जा रहल बा।

तत्काल प्रभाव से संभरिहें जिम्मेदारी

सरकार के ओर से जारी आदेस के मोताबिक लोखंडे प्रशांत सीताराम तत्काल प्रभाव से सीबीएसई चेयरमैन के पदभार संभरिहें। मानल जा रहल बा कि उनका नेतृत्व में बोर्ड के परीक्षा प्रक्रिया आउर पारदर्शी, आधुनिक आ तकनीक आधारित बन सकेला। संगही नया शिक्षा नीति से जुड़ल सुधारन के तेजी मिले के उम्मीद बा।

सीबीएसई देस के सबसे बड़ स्कूली शिक्षा बोर्ड हs, जवना से भारत सहित बिदेस के हजारन स्कूल संबद्ध बाड़ी सs। बोर्ड हर साल 10वीं आ 12वीं के परीक्षा आयोजित करेला आ करोड़न विद्यार्थियन के शैक्षणिक भविष्य से जुड़ल बा।

राहुल सिंह आ हिमांशु गुप्ता के तबादला

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निरदेस के बाद सीबीएसई के अध्यक्ष राहुल सिंह आ सचिव हिमांशु गुप्ता के तत्काल प्रभाव से ओह लोगन के पद से हटा दिहल गइल रहे। एकरा संगही ऑन-स्क्रीन मार्किंग (OSM) से जुड़ल टेंडर ममिला के जांच खातिर एक सदस्यीय समिति के गठन कइल गइल बा।

एह जांच समिति के जिम्मेदारी कैपेसिटी बिल्डिंग कमीशन के अध्यक्ष एस राधा चौहान के सउपल गइल बा। एक महीना के भीतर कार्मिक आ प्रशिक्षण विभाग (DoPT) के आपन रिपोर्ट सउपे के निरदेस दिहल गइल बा। अब सब केहू के नजर एह जांच रिपोर्ट आ नया चेयरमैन के नेतृत्व में होखे वाला सुधार पs टिकल बा।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.