Turkiye Plane Crash : लीबिया के सैन्य प्रमुख सहित सात के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2025

सेंट्रल डेस्क। तुर्किये में एगो बहुते बड़ विमान हादसा भइल, जवना में लीबिया के सैन्य प्रमुख मुहम्मद अली अहमद अल-हद्दाद सहित कुल सात लोगन के जान चल गइल। एह बात के पुष्टि खुद लीबिया के

Share

Libya military chief killed in Turkiye plane crash near Ankara

सेंट्रल डेस्क। तुर्किये में एगो बहुते बड़ विमान हादसा भइल, जवना में लीबिया के सैन्य प्रमुख मुहम्मद अली अहमद अल-हद्दाद सहित कुल सात लोगन के जान चल गइल। एह बात के पुष्टि खुद लीबिया के प्रधानमंत्री अब्दुल-हमीद दबीबे कइले बाड़ें। हादसा मंगर के सांझ भइल, जब लीबियाई प्रतिनिधिमंडल तुर्किये के राजधानी अंकारा से आधिकारिक दौरा पूरा कs के अपना देश लवटत रहे।

प्रधानमंत्री दबीबे अपना बयान में कहलें कि ई हादसा अचानक भइल आ लीबिया खातिर बहुते दुखद नुकसान बा। ऊ मृतकन के परिवार के प्रति गहिराह संवेदना जतवले बाड़ें। जानकारी के मोताबिक, निजी विमान में लीबिया के मिलिट्री चीफ, चार वरिष्ठ सैन्य अधिकारी आ तीन चालक दल के सदस्य सवार रहे लोग। उड़ान भरला के कुछे देर बाद विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ सब लोगन के मौत हो गइल।

तकनीकी खराबी से टूटल संपर्क

लीबियाई अधिकारियन के मोताबिक, उड़ान के करीब 30-40 मिनट बाद विमान से पूरा संपर्क टूट गइल। सुरुआती जांच में तकनीकी खराबी के आशंका जतावल जा रहल बा। तुर्किये के अधिकारी लोग बतावल कि लीबियाई प्रतिनिधिमंडल अंकारा में दुनो देस के बीच सैन्य सहजोग बढ़ावे खातिर उच्च स्तरीय रक्षा वार्ता में सामिल होखे आइल रहे।

मलबा बरामद, मौत के पुष्टि

तुर्किये के गृह मंत्री अली येरलिकाया बतवलें कि फाल्कन-50 श्रेणी के निजी जेट के मलबा अंकारा के लगे हायमाना इलाका में मिल गइल बा। बाद में लीबिया के प्रधानमंत्री सब यात्रियन के मौत के आधिकारिक पुष्टि कs देलें। हादसा में मारल गइल अधिकारियन में जमीनी बल के प्रमुख जनरल अल-फितौरी गरैबिल, ब्रिगेडियर जनरल महमूद अल-कतावी, सैन्य सलाहकार मोहम्मद अल-असावी दियाब आ सैन्य फोटोग्राफर मोहम्मद उमर अहमद महजूब सामिल बाड़ें।

उड़ान के बाद भेजल गइल इमरजेंसी सिग्नल

तुर्किये गृह मंत्रालय के अनुसार, विमान मंगर के सांझ करीब 8:30 बजे एसेनबोगा एयरपोर्ट से उड़ान भरलस। उड़ान के कुछ देर बाद हायमाना जिला के लगे इमरजेंसी लैंडिंग के सिग्नल भेजल गइल, बाकिर कुछे मिनट में संपर्क टूट गइल। स्थानीय टीवी फुटेज में आसमान में तेज रोशनी देखाई देलस, जवना के संभावित विस्फोट मानल जा रहल बा।

लीबिया खातिर बड़ झटका

मुहम्मद अल-हद्दाद पश्चिमी लीबिया के सबसे ताकतवर सैन्य कमांडरन में से एगो रहलें। संयुक्त राष्ट्र के मध्यस्थता में लीबिया के बंटी सेना के एकजुट करे में उनकर  अहम भूमिका रहल बा। एह हादसा के बाद अंकारा एयरपोर्ट अस्थायी रूप से बंद कs दिहल गइल आ कइयन गो उड़ान डायवर्ट कइल गइल। फिलहाल हादसा के कारणन के जांच जारी बा आ ई घटना लीबिया के सुरक्षा आ राजनीति खातिर गंभीर झटका मानल जा रहल बा।

Read Also: ISRO : इसरो रचलस इतिहास, सबसे बड़ कम्युनिकेशन सैटेलाइट सफलतापूर्वक कक्षा में पहुंचल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.