कोलकाता। बंगाल में दुर्गा पूजा से ठीक पहिले वित्तीय अनियमितता आ जालसाजी के एगो बड़हन मामला सामने आइल बा। प्रिव्यू शो के नाम प दुर्गा पूजा के पास बेचला आ करोड़ों रुपिया के कथित घोटाला के सिलसिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) मंगलवार के तड़के राज्य के पूर्व मंत्री इंद्रनील सेन आ उनकरे करीबी लोगन के ठिकाना प एक साथे छापेमारी शुरू कइलस।
प्रवर्तन निदेशालय के टीम कसबा स्थित पूर्व मंत्री के आवास समेत कोलकाता के हिंदुस्तान पार्क, हाइलैंड पार्क जइसन करीब 15 प्रमुख ठिकाना प धन शोधन निवारण अधिनियम (पीएमएलए) के धारा 17 के तहत तलाशी अभियान चला रहल बाड़ी स।
ई पूरा कार्रवाई ‘मास आर्ट’ नाम के संस्था के ओर से संचालित ‘दुर्गा पूजा प्रिव्यू शो’ के आयोजन में भइल वित्तीय घपला के लेके कइल जा रहल बा। जांच एजेंसी के मुताबिक, साल 2021 में कोलकाता के दुर्गा पूजा के यूनेस्को के ‘अमूर्त सांस्कृतिक विरासत’ के दर्जा मिलला के बाद एह संस्था के गठन भइल रहे।
आरोप बा कि संस्था बिना कवनो अनुमति के यूनेस्को के नाम आ लोगन के इस्तेमाल करत खुद के ओकर आधिकारिक साझेदार घोषित कई लिहलस।
यूनेस्को के नाम प 60 करोड़ के फ्रॉड
मास आर्ट शहर के 24 प्रमुख पूजा पंडाल के यूनेस्को से चयनित बतावत जनता से प्रिव्यू शो खातिर 1,749 रुपिया से लेके 5,499 रुपिया तक में पास बेचले रहले। आधिकारिक आंकड़ा के मुताबिक, एह फर्जीवाड़ा में साल 2022 से 2024 के बीच करीब 1.14 लाख लोग रजिस्ट्रेशन करवले रहले। अनुमान बा कि यूनेस्को के नाम प जुटावल गइल 50 से 60 करोड़ रुपिया के रकम के इस्तेमाल निजी फायदा खातिर कइल गइल रहे |
एह सिलसिला में जून में ही बाहूबाजार थाना में पूर्व मंत्री इंद्रनील सेन, उनकर पत्नी मधुछंदा सेन आ मास आर्ट के खिलाफ शिकायत दर्ज करावल गइल रहे। ईडी अब एह बात के जांच कर रहल बा कि फर्जी पास से जुटावल गइल पइसा कवन-कवन खाता में भेजल गइल आ एह पूरा मामला में कवन-कवन रसूखदार लोग शामिल बा।







No comments yet. Be the first to comment!