कानपुर। सचेंडी के कैधा नयापुरवा गांव में लगातार हो रहल बरखा के चलते सोमवार के भोर में एगो कच्चा मकान के दीवार भरभरा के गिर गइल। हादसा में दीवार के ऊपर पड़ल छप्पर के नीचे सुतल परिवार के आठ लोग दीवारे के मलबा में दब गइलें।
आनन-फानन में गांव के लोग मलबा हटाके सभींन के सीएचसी पहुंचवलें। उहाँ डॉक्टर चार लोग के हालत गंभीर बताके एलएलआर अस्पताल रेफर कइ दिहलें।
कैधा नयापुरवा गांव के निवासी मुन्ना सिंह अपने पत्नी रमाकांती, बेटा दीपक, शुभम, रौनक आ बेटी अंजली, रिंकी आ पिंकी के साथ रहले। उनकर मकान कच्चा रहे। रविवार रात ऊ कोठरी से सटल छप्पर के नीचे परिवार के साथे सुतल रहलें। सोमवार भोर करीब तीन बजे कोठरी के दीवार भरभराके ढह गइल, जवना के मलबा में ऊ परिवार समेत दब गइलें।
दीवार गिरला के तेज आवाज सुनके पड़ोसी लोग बाकी ग्रामीणन के मदद से राहत आ बचाव के काम शुरू कइलें आ पुलिस आ एंबुलेंस के सूचना दिहलें।
कड़ा मेहनत के बाद सभींन के मलबा से बाहर निकाल के कल्याणपुर सीएचसी भेजल गइल। उहाँ डॉक्टर मुन्ना सिंह, उनकर पत्नी रमाकांती, बेटी अंजली आ बेटा शुभम के हालत गंभीर बताके एलएलआर अस्पताल रेफर कइ दिहलें।
बाकी चार लोग के हल्का चोट लागल रहे, जिनकरा के प्राथमिक इलाज के बाद घर भेज दिहल गइल। थाना प्रभारी दीनानाथ मिश्रा बतवलें कि घायल लोग के इलाज चल रहल बा। मौका प स्थिति सामान्य बा।







No comments yet. Be the first to comment!