Asian Games 2026 : भारतीय महिला हॉकी टीम के बड़ जीत, थाईलैंड के 20-1 से हरवलस, दीपिका अकेले दगली नव गोल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला हॉकी टीम एशियन गेम्स 2026 में सानदार प्रदर्शन करत आपन दबदबा कायम रखले बिया। पूल बी के मुकाबला में भारतीय टीम थाईलैंड के 20-1 से करारा शिकस्त देत बड़ जीत दर्ज

Share

Indian Women Hockey Team vs Thailand Asian Games 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला हॉकी टीम एशियन गेम्स 2026 में सानदार प्रदर्शन करत आपन दबदबा कायम रखले बिया। पूल बी के मुकाबला में भारतीय टीम थाईलैंड के 20-1 से करारा शिकस्त देत बड़ जीत दर्ज कइलस। एह मुकाबला में एक बेर फेर दीपिका के दमदार प्रदर्शन देखे के मिलल। ऊ अकेले नव गोल दाग के टीम के जीत में अहम भूमिका निभवली।

दीपिका के नवो गोल पेनल्टी कॉर्नर के जरिए आइल। उनकर सानदार प्रदर्शन से भारतीय टीम लगातार मजबूत इस्थिति में पहुंचत गइल। एह दौरान नवनीत आ ऋतुजा बेहतरीन खेल दिखावल लो आ दुनो खिलाड़ी हैट्रिक लगावल।

थाईलैंड के टीम पूरा मुकाबला में भारतीय डिफेंस के सामने संघर्ष करत नजर आइल। हालांकि मैच के आखिरी समय में थाईलैंड एक गोल दाग के आपन खाता खोललस। बाकिर तबतक भारतीय टीम के जीत लगभग तय हो चुकल रहे।

दीपिका आपने रिकॉर्ड तुड़ली

एशियन गेम्स 2026 में भारतीय महिला हॉकी टीम के प्रदर्शन बहुते सानदार रहल बा। टीम अब तक तीन मैच में कुल 56 गोल दाग चुकल बिया। एह मुकाबला के संगे दीपिका एशियन गेम्स में महिला हॉकी के एक मैच में सबसे जादे गोल करे वाली खिलाड़ी बन गइली।

दीपिका एह ममिला में आपने पिछिला रिकॉर्ड पीछे छोड़ देली। एकरा से पहिले ऊ उज्बेकिस्तान के खिलाफ मुकाबला में आठ गोल दगले रहलीं। अब थाईलैंड के खिलाफ नव गोल करत ऊ आपन पुरान रिकॉर्ड तुड़ देली।

भारतीय महिला हॉकी टीम के लगातार सानदार प्रदर्शन से एशियन गेम्स में पदक के उम्मीद मजबूत होत दिखाई दे रहल बा। टीम के नजर अब आगे के मुकाबला में जीत के सिलसिला जारी रखला पs बा।

Read Also: New Delhi: हर समय सुनत बा एपल वॉच? ‘ऑलवेज-ऑन’ लिसनिंग फीचर से प्राइवेसी पर उठल सवाल

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.