Ayatollah Khamenei Funeral : अयातुल्ला खामेनेई के अंतिम संस्कार में सामिल होइहें बिदेस राज्य मंत्री आ बिहार के राज्यपाल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2026

नई दिल्ली। ईरान के सर्वोच्च नेता अयातुल्ला सैयद अली खामेनेई के अंतिम संस्कार समारोह में भारत सरकार के प्रतिनिधि सामिल होई लो। समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक, ईरानी सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार भारत

Share

नई दिल्ली। ईरान के सर्वोच्च नेता अयातुल्ला सैयद अली खामेनेई के अंतिम संस्कार समारोह में भारत सरकार के प्रतिनिधि सामिल होई लो। समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक, ईरानी सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार भारत के ओर से बिहार के राज्यपाल लेफ्टिनेंट जनरल सैयद अता हसनैन आ बिदेस राज्य मंत्री पबित्रा मार्गेरिटा अंतिम संस्कार समारोह में सामिल होइहें।

ईरानी सूत्रन के बतावल गइल कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के खामेनेई के राजकीय अंतिम संस्कार आ दफन समारोह में सामिल होखे खातिर न्योता दिहल गइल रहे। एकरा बाद भारत सरकार एगो उच्च स्तरीय प्रतिनिधिमंडल भेजे के फैसला कइले बिया।

4 से 9 जुलाई तक चली राजकीय शोक कार्यक्रम

अमेरिका-इजरायल के संयुक्त हमला में मरे वाला खामेनेई खातिर ईरान में 4 जुलाई से 9 जुलाई तक सप्ताह भर के राजकीय शोक समारोह आयोजित होई। ईरानी अधिकारी बतवले बाड़ें कि खामेनेई के पार्थिव देह 4 आ 5 जुलाई के तेहरान के ग्रैंड मोसल्ला परिसर में अंतिम दर्शन खातिर रखल जाई।

ईरान के कइयन गो शहरन में होखे वाला एह अंतिम संस्कार कार्यक्रम में दुनिया भर के कइयन गो बिदेसी गणमान्य लोग आ लाखन नागरिक के सामिल होखे के संभावना बा।

6 जुलाई के निकली अंतिम यात्रा

जानकारी के मोताबिक, खामेनेई के राजकीय अंतिम संस्कार यात्रा 6 जुलाई के निर्धारित बा। आधिकारिक शोक अवधि के दौरान तेहरान प्रांत में सार्वजनिक छुट्टी के घोषणा कइल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि 28 फरवरी 2026 के अमेरिका आ इजरायल द्वारा ईरान के राजधानी तेहरान पs कइल गइल हमला में सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खामेनेई के मौत हो गइल रहे। अब उनकर अंतिम संस्कार राजकीय सम्मान के संगे करावल जाई।

एह कार्यक्रम में दुनियाभर के नेता आ प्रतिनिधिमंडल के सामिल होखे के उम्मीद बा।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.