ग्रेटर नोएडा। उत्तर प्रदेश के ग्रेटर नोएडा में यमुना एक्सप्रेसवे पs भइल भीषण हादसा में 9 लोगन के जिंदा जरला से मौत हो गइल। एह हादसा में कइयन गो लोग घायलो भइल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हादसा पs दुख जतावत मृतकन आ घायलन खातिर मुआवजा के घोषणा कइले बाड़ें। पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट कs के मृतकन के परिजनन के प्रति संवेदना जतवलें आ घायलन के जल्दी स्वस्थ होखे के कामना कइलें।
मृतकन के परिजनन के मिली 2-2 लाख रुपिया
पीएम मोदी प्रधानमंत्री राष्ट्रीय राहत कोष से मृतकन के परिजनन के 2-2 लाख रुपिया आ घायलन के 50-50 हजार रुपिया देवे के घोषणा कइले बाड़ें।
9 लोग जिंदा जरला से मर गइल
यमुना एक्सप्रेसवे पs बुध के देर रात एयरपोर्ट इंटरचेंज के लगे एगो डबल डेकर स्लीपर बस आग के गोला बन गइल। हादसा के दौरान बस के भीतर फंसल 9 यात्री जिंदा जर गइलें। मृतकन में बच्चा, महिला आ बुजुर्ग सामिल बतावल जा रहल बा।
करीब पांच घंटा चलल राहत-बचाव अभियान
आग एतना भयावह रहे कि कइयन गो शव बुरा तरे जर के कंकाल में बदल गइल। कइयन गो शव के अंग तक अलग हो गइल। देर रात से करीब पांच घंटा तक चलल राहत-बचाव अभियान के बाद बस के बॉडी काट के शव बाहर निकालल गइल।
राज कल्पना ट्रेवल्स के ई बस दिल्ली से महोबा जात रहे। प्रत्यक्षदर्शी यात्रियन के माेताबिक, एयरपोर्ट इंटरचेंज के लगे ड्राइवर के बस के इंजन के ओर से आग लागे के जानकारी मिलल। ड्राइवर बस के ओवरटेकिंग लेन से एक्सप्रेसवे के किनारे सोल्डर पs खड़ा कs के आग बुझावे के कोसिस कइलस।
आग तेजी से फइलला के बाद चालक आ परिचालक यात्रियन के बाहर निकले खातिर आवाज लगवलें। अफरा-तफरी के बीच 20 से जादे यात्री बस से कूद के आपन जान बचा लिहल लो, बाकिर 9 यात्री बस के भीतर फंस गइलें।
घायलन के अस्पताल भेजल गइल
आग लागे के सूचना मिलते पुलिस, अग्निशमन विभाग आ यमुना एक्सप्रेसवे के सुरक्षा टीम घटनास्थल पs पहुंच गइल। ओह समय बस पूरा तरे आग के लपट में घिरल रहे आ भीतर से लगातार धुआं निकलत रहे।
आग पs काबू पावल गइल, बाकिर बस आ ओकरा में रखल सामान कइयन घंटा तक सुलगत रहल। सुरक्षा टीम के सदस्य बस के अलग-अलग हिस्सा के बॉडी काट के भीतर फंसल शव बाहर निकललें। बरामद सभ शव आ अंग के कैलाश अस्पताल भेजल गइल।
Read Also: अमरोहा कांड: ‘थाना से फोन आइल त खोलले रहलस कमरा’, केयरटेकर बतवलें विधायक के फार्म हाउस के सच्चाई







No comments yet. Be the first to comment!