गूगल पिग्जल वाच आउर घड़ियन के छोड़ी पीछे

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2022

गूगल पिग्जल वॉच के आधिकारिक तौर पs एह महीना के सुरुआत में गूगल/ओ 2022 के रूप में पुष्टि कइल गइल रहे, बाकिर कंपनी अपना पहिला पिग्जल स्मार्टवॉच के बारे में बहुत जादे जानकारी शेयर ना

Share

गूगल पिग्जल वॉच के आधिकारिक तौर पs एह महीना के सुरुआत में गूगल/ओ 2022 के रूप में पुष्टि कइल गइल रहे, बाकिर कंपनी अपना पहिला पिग्जल स्मार्टवॉच के बारे में बहुत जादे जानकारी शेयर ना कइलस, खाली एकरा कि आवे आला महिनन में एकरा के लांच कइल जाई। बाकिर अब एकरा बारे में जानकारी मिल रहल बा।

एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा कि गूगल पिग्जल वॉच एग्जीनॉस  9110 चिपसेट से ऑपरेट हो सकत बा, जवन पहिलही से चार साल पुरान हार्डवेयर हs। एह स्मार्टवॉच में 2 GB रैम हो सकत बा एप्स आ आउर डाटा लोड करेला 32 GB के इंटरनल स्टोरेज मिल सकत बा।

एकरा तुलना में एपल वॉच सीरीज-7 पs 1 GB रैम आ 32 जब स्टोरेज बा। ओहिजा सैमसंग गैलेक्सी वॉच -4 पs 16 GB स्टोरेज के संगे 1.5 GB रैम बा। ई हार्डवेयर के मतलब गूगल वॉच जादे दमदार बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.