Gizmore Blaze Max लॉन्च, सिंगल चार्ज में चली 15 दिन, कीमत 1,199 रुपिया 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 17, 2023

Gizmore आपन नया स्मार्ट वॉच Blaze Max लॉन्च कs देले बा। ई एगो अफोर्डेबल स्मार्ट वॉच हs, जवना के कीमत 1,199 रुपिया बा। एमें 1.85 इंच के एज टू एज कर्व्ड IPS डिस्प्ले दिहल गइल

Share

Gizmore आपन नया स्मार्ट वॉच Blaze Max लॉन्च कs देले बा। ई एगो अफोर्डेबल स्मार्ट वॉच हs, जवना के कीमत 1,199 रुपिया बा। एमें 1.85 इंच के एज टू एज कर्व्ड IPS डिस्प्ले दिहल गइल बा। संगही बड़ डिस्पले मिलत बा। ई वॉच सिंगल चार्ज में 15 दिन के बैटरी बैकअप के संगे आवेला। एकर पीक ब्राइटनेस 450 nits बा। ई एगो ऑलवेज ऑन डिस्प्ले हs। ई फीचर आमतौर पs हाई एंड स्मार्ट वॉच में देखे के मिलेला । वॉच तीन कलर ऑप्शन ब्लैक, बरगंडी आ ग्रे कलर में आवेला। वॉच में कइयन गो स्मार्ट फेस दिहल गइल बा। एकर बिक्री 16 जनवरी, 2023 सुरू हो रहल बा। जवन फ्लिपकार्ट से किनल जा सकी।

हेल्थ आ फिटनेस फीचर्स

Gizmore Blaze Max स्मार्ट वॉच में कइयन गो हेल्थ आ फिटनेस फीचर्स मिलेला। वॉच मल्टीपल स्पोर्ट्स मोड के संगे आवेला। वॉच से स्टेप काउंट, SpO2 लेवल, हार्ट रेट, कैलोरी बर्न, हाइड्रेशन अलर्ट, मेंस्ट्रुअल ट्रैकर, गाइडेड ब्रीदिंग एंड स्ट्रेस मैनेजमेंट आ स्लीप मॉनिटर के ट्रैक कइल जा सकत बा। जवना के मदद से यूजर्स अपना डेली के हेल्थ के ट्रैक कs सकत बा। वॉच IP67 रेटिंग के संगे आवेला, जवन पानी आ धूरा में जल्दी खराब ना होई। एमें इनबिल्ट गेम्स आ एगो कैलकुलेटर दिहल गइल बा।

कनेक्टिविटी फीचर्स

Gizmore Blaze Max वॉच ब्लूटूथ कॉलिंग सुविधा आ BT म्यूजिक के संगे आवेला। एमे कॉलिंग आ मैसेजिंग समेत कइयन तरह के फीचर्स मिलत बा। एमे कॉल म्यूट, अनम्यूट, फोन पs कॉल स्विच जइसन फीचर्स दिहल गइल बा। वॉच AI-बेस्ड वॉयस असिस्टेंस कमांड के संगे आवेला। एह वॉच में रउरा एगो बड़ बैटरी मिली। कंपनी के दावा बा कि स्मार्टवॉच के सिंगल चार्ज में 15 दिन तक इस्तेमाल कइल जा सकेला। ई सब दवा Gizmore के तरफ से बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.