गिरिडीह। झारखंड पुलिस एसआइ के बेटा के हत्या: झारखंड के गिरिडीह जिला के मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के बंदरकुप्पी में गुरुवार के देर रात कथित मॉब लिंचिंग में 24 साल के ऋतिक यादव के पीट-पीट के हत्या कर दिहल गइल। ऋतिक यादव के पिता झारखंड पुलिस में दारोगा (सब-इंस्पेक्टर) हउवें आ बोकारो जिला के चतरोचट्टी थाना में तैनात बाड़ें।
ऋतिक यादव गुरुवार के देर रात गिरिडीह जिला के मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के बंदरकुप्पी में दोस्तन के साथे मैगी खाए पहुंचल रहले| आरोप बा कि कवनो विवाद के बाद 10-15 युवक लाठी-डंडा, फरसा आ रॉड से ऋतिक प हमला कर दिहलें।
गंभीर रूप से घायल ऋतिक के सदर अस्पताल ले जाइल गइल, जहवा डॉक्टर लोग जांच के बाद ओकरा के मुअल घोषित कर दिहलें। मृतक ऋतिक यादव मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के राजेंद्रनगर के रहे वाला रहे।
उनकर पिता मुसाफिर सिंह यादव बोकारो जिला के चतरोचट्टी थाना में एसआइ के पद प तैनात बाड़ें। घटना के जानकारी मिलते परिवार में कोहराम मच गइल। ओहिजा, हत्या के खबर फइलते इलाका में आक्रोश पसर गइल। परिवार के लोग आ स्थानीय लोग घटना में शामिल आरोपी लोगन के तुरते गिरफ्तार करे के मांग कइलें।
दू गो दोस्तन के साथे गइल रहले ऋतिक
ऋतिक गुरुवार के रात अपना दू गो दोस्तन के साथे गिरिडीह-डुमरी रोड स्थित बंदरकुप्पी गइल रहे। एही दौरान उहाँ कुछ युवकन से कवनो बात के लेके ओकर विवाद हो गइल। पुलिस के जांच में ई बात सामने आ रहल बा कि विवाद से पहिले फोन प ऋतिक के कुछ लोगन से कहासुनी भइल रहे।
बतावल जा रहल बा कि विवाद बढ़ला के बाद करीब 10-15 युवक ऋतिक के घेर लिहलें आ लाठी-डंडा, फरसा आ रॉड से ओकर बेरहमी से पिटाई कइलें। हमला में गंभीर रूप से घायल भइला के बाद आरोपी मौका से फरार हो गइलें।
अस्पताल पहुंचला प डॉक्टर लोग मुअल घोषित कइलें
घटना के बाद गंभीर हालत में ऋतिक के गुरुवार के आधी रात सदर अस्पताल ले जाइल गइल। डॉक्टर लोग जांच के बाद ओकरा के मुअल घोषित कई दिहलें। मौत के खबर मिलते अस्पताल में परिवार के लोग आ परिचितन के भीड़ जुट गइल। लोग आरोपी लोगन के गिरफ्तारी के मांग करत आक्रोश जतवलें।
पुलिस कइलस त्वरित कार्रवाई, कई लोग हिरासत में
घटना के जानकारी मिलते मुफ्फसिल थाना के पुलिस घटनास्थल आ सदर अस्पताल पहुंचल। पुलिस मामला के जानकारी जुटावे के साथे जांच शुरू कर दिहलस। तुरते कार्रवाई करत पुलिस संदेह के आधार प कुछ युवकन के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहले बा।
पुलिस के मुताबिक, शुरुआती जांच में पाल्मा आ नावाडीह इलाका के कुछ युवकन से ऋतिक के विवाद के बात सामने आ रहल बा। हालांकि, हत्या के असली कारण आ घटना में शामिल आरोपी लोगन के भूमिका के जांच अभी जारी बा।
मृतक के मोबाइल के कॉल डिटेल पुलिस खातिर महत्वपूर्ण कड़ी साबित हो सकेला। पुलिस के कहनाम बा कि मामला के जांच जारी बा। घटना में शामिल लोगन के पहचान क के जल्द गिरफ्तार कइल जाई।







No comments yet. Be the first to comment!