तिरुपति के प्रसाद में मिलल फिश ऑयल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 19, 2024

तिरुपति मंदिर के प्रसाद में फिश ऑयल मिले के बात सोझा आइल बा। नमूना जांच में एकर खुलासा भइल बा। बुध के सीएम पूर्व मुख्यमंत्री जगन मोहन रेड्डी पs आरोप लगवले रहले कि जगन राज

Share

तिरुपति मंदिर के प्रसाद में फिश ऑयल मिले के बात सोझा आइल बा। नमूना जांच में एकर खुलासा भइल बा। बुध के सीएम पूर्व मुख्यमंत्री जगन मोहन रेड्डी पs आरोप लगवले रहले कि जगन राज के समय तिरुपति मंदिर के प्रसाद में घी के जगह जानवर के चर्बी मिलावल जात रहे।

तिरुपति मंदिर के प्रसाद में फिश ऑयल मिले के पुष्टि भइल बा। आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू तिरुपति मंदिर के प्रसाद में घी के जगह पशु के चर्बी मिलावे के आरोप लगवले रहले। एकरा बाद नमूना के जांच खाती भेजल गइल रहे। अब जांच के बाद रिपोर्ट सामने आइल बा जवना में फिश ऑयल मिले के बात सोझा आइल बा।

एगो कार्यक्रम के दौरान नायडू कहले रहले कि प्रसाद में घी के जगह पशु के चर्बी अवुरी खराब क्वालिटी के सामग्री के इस्तेमाल कइल जाता। उऽ कहले कि हमनी के इ सुनिश्चित कइनी कि प्रसाद में असली घी, साफ-सफाई अवुरी निमन क्वालिटी के ध्यान में राखल जाव।

जगन मोहन रेड्डी के जवाबी हमला

जगन मोहन रेड्डी के पार्टी वाईएसआरसीपी सीएम नायडू के एह बयान के जवाब दिहलस। एमें कहल गइल बा कि चंद्रबाबू नायडू दिव्य मंदिर तिरुमाला के पवित्रता आ करोड़ों हिन्दू के आस्था के नुकसान चहुँपा के बड़हन पाप कइले बाड़न। चंद्रबाबू नायडू के तिरुमाला प्रसाद प जवन टिप्पणी कइल गइल बा उऽ बहुत घटिया बा। इंसान के रूप में पैदा भइल कवनो व्यक्ति अइसन शब्द ना बोलेला आ ना अइसन आरोप लगावेला। एक बेर फेरु साबित हो गइल बा कि चंद्रबाबू राजनीति का खातिर कवनो गलत काम करे में संकोच ना करीहें।

रेड्डी कहले कि भक्तन के आस्था मजबूत करे खातिर तिरुमाला प्रसाद के मामला में हम आ हमार परिवार शपथ लेवे खाती तैयार बानी। का चंद्रबाबू भी अपना परिवार के संगे शपथ लेवे खाती तैयार बाड़े?

 खराब सामग्री से लड्डू बनावे के आरोप

बता कि तिरुपति के श्री वेंकटेश्वर मंदिर में तिरुपति लड्डू चढ़ावल जाला, जवना के संचालन तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) करेला। एनडीए विधायिका दल के बैठक के संबोधित करत सीएम नायडू दावा कइले कि तिरुमाला लड्डूयो घटिया सामग्री से बनत रहे, घी के जगह पशु के चर्बी के इस्तेमाल कइल जात रहे। सीएम एह बात पर जोर दिहलन कि अब शुद्ध घी के इस्तेमाल हो रहल बा आ मंदिर में हर चीज के सेनेटाइज कर दिहल गइल बा जवना से क्वालिटी में सुधार भइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.