Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान के सब प्रखंडन में 10 से लागी बिजली बिल सुधार कैंप: हर महीना के सनीचर के होई आयोजन, शिकायत मिलला पs विभाग लेलस फैसला

311

सीवान के सब प्रखंड में बिजली बिल सुधार कैंप के आयोजन कइल जाई। एकर आयोजन 10 फरवरी के कइल जाई। एकरा के लेके जिला के विद्युत कार्यपालक अभियंता मुकेश कुमार रमन बतवलें कि नॉर्थ बिहार पावर डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी मुख्यालय से प्राप्त निरदेस के आधार पs बिजली उपभोक्तन के गलत बिल के सुधार कइल जाई।

ऊ बतवलें कि अब हर महीना के दूसरका सनीचर के जिला के सब प्रखंडन में शिविर के आयोजन कइल जाई। एह शिविर में बिजली बिल में त्रुटि के संबंध में उपभोक्ता शिकायत कs सकत बा लो। नॉर्थ बिहार पावर डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी के कनीय अभियंता आ मुख्य अभियंता के कैंप में मवजूद रहे के निरदेसो दिहल गइल बा।

कनीय अभियंता रही लो मवजूद

उपभोक्तन के लगातार शिकायत मिलत रहे कि ओह लोगन के बिजली बिल सही तरीका से नइखे आवत। केहू के बिजली बिल उपयोग से कइयन गुना जादे आवत रहे, तs केहू के कंजूमर नंबर कंपनी के पोर्टल पर ना लउकत रहे। अइसन लगातार शिकायत मिलला के बाद कंपनी कावर से शिविर लगावे के निर्णय लिहल गइल बा।

बिहान 10 फरवरी के जिला के सब प्रखंड मुख्यालय में शिविर के आयोजन कइल जाई। एह शिविर में मुख्य अभियंता आ कनीय अभियंता मवजूद रही लो, जहां उपभोक्तन के बिजली बिल से संबंधित समस्या के निपटारा कइल जाई। ओकरा बाद हर महीना के दूसरका सनीचर के कैंप के आयोजन कइल जाई।

732530cookie-checkसीवान के सब प्रखंडन में 10 से लागी बिजली बिल सुधार कैंप: हर महीना के सनीचर के होई आयोजन, शिकायत मिलला पs विभाग लेलस फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.