Earthquake in Nashik : महाराष्ट्र के नासिक जिला में सनिचर के रात आ अतवार के सबेरे भूकंप के हल्का झटका महसूस कइल गइल। भूकंप के झटका नासिक शहर सहित जिला के कइयन गो इलाकन में महसूस भइल। कुछ जगहन पs घर के देवाल में दरार पड़े के जानकारी सामने आइल बा। हालांकि, अभी ले कवनो जान-माल के नुकसान के खबर नइखे।
केतना तीव्रता के भूकंप आइल?
राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र (NCS) के मोताबिक, सनिचर के रात करीब 10 बजे नासिक में 4.3 तीव्रता के भूकंप दर्ज कइल गइल। एकरा बाद अतवार के भोर में 5:33 बजे 3.3 तीव्रता के दूसरका भूकंप आइल।
अधिकारियन के मोताबिक, भूकंप के चलते कवनो व्यक्ति के मौत भा घायल होखे के सूचना नइखे मिलल। लगातार भूकंप के झटका महसूस भइला के बाद कइयन गो इलाकन में लोग डेरा गइल आ घर से बाहर निकल आइल।
भूकंप के केंद्र कहां रहे?
अधिकारी लोग बतावल कि भूकंप के केंद्र महाराष्ट्र-गुजरात सीमा के लगे हटगढ़ पर्वत श्रृंखला के नजदीक भानवाड़ इलाका में रहे। भूकंपीय गतिविधि जमीन से करीब 5 किलोमीटर नीचे दर्ज कइल गइल।
नासिक के कवन-कवन इलाका में महसूस भइल झटका?
भूकंप के झटका नासिक शहर के अलावा सुरगाणा, कलवण, देवला, चांदवड़, पेठ, दिंडोरी आ निफाड़ तालुका के कुछ इलाकन में महसूस कइल गइल।झटका महसूस होखतही लोगन में घबराहट फइल गइल। कइयन गो लोग एहतियात के तौर पs आपन घर छोड़ के बाहर निकल आइल।
कइयन गो घरन के देवाल में पड़ल दरार
जिला प्रशासन के अनुसार, सुरगाणा तालुका के भादर आ दिंडोरी तालुका के नानाशी गांव में कुछ घर के देवालन में दरार पड़ल बा। हालांकि, प्रशासन के मोताबिक अभी ले कवनो जान-माल के नुकसान नइखे भइल। इलाका में बांध के निरीक्षण करावल गइल, बाकिर कहीं से कवनो नुकसान के जानकारी नइखे मिलल।
अफवाह पs भरोसा मत करीं
जिला कलेक्टर आयुष प्रसाद लोगन से अपील कइले कि भूकंप के लेके डेरइला के जरूरत नइखे। लोग कवनो तरे के अफवाह पs भरोसा ना करे आ आधिकारिक जानकारी पs विश्वास करे। कलेक्टर लोगन के सतर्क रहे आ सुरक्षा से जुड़ल जरूरी उपाय अपनावे के सलाह देलें।
पहिलहूं महसूस भइल रहे भूकंप के झटका
अधिकारियन के मोताबिक, नासिक जिला में एकरा से पहिलहूं भूकंपीय गतिविधि दर्ज भइल बा। 25 से 28 जुलाई के बीच आ 6 अगस्त के जिला के कुछ इलाकन में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे।
Read Also: 09 अगस्त 2026 के राशिफल






