दिल्ली के आदर्श नगर में रोड के किनारे खड़ा लोगन के कार कचरलस, नाबालिग ड्राइवर के पकड़ लिहल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2024

उत्तर पश्चिम दिल्ली के आदर्श नगर में सोमार के दिने एगो किशोर ड्राइवर अफरा-तफरी पैदा कs दिहलस जब ओकर तेज रफ्तार गाड़ी कई गो पैदल चले वालन के टक्कर मार दिहलस. एकरा चलते दु लोग

Share

दिल्ली के आदर्श नगर में रोड के किनारे खड़ा लोगन के कार कचरलस

उत्तर पश्चिम दिल्ली के आदर्श नगर में सोमार के दिने एगो किशोर ड्राइवर अफरा-तफरी पैदा कs दिहलस जब ओकर तेज रफ्तार गाड़ी कई गो पैदल चले वालन के टक्कर मार दिहलस. एकरा चलते दु लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। पुलिस के मुताबिक 17 साल के लईका के पकड़ के ओकरा खिलाफ कानूनी कार्रवाई शुरू कs दिहल गईल बा।

रोड किनारे खड़ा लोगन के कार कुचलस
सीसीटीवी पs रिकॉर्ड भईल एs दुर्घटना में एगो सफेद रंग के हुंडई सैंट्रो सड़क के किनारे लोग के ऊपर से दौड़त देखाई देता। घाही में 55 साल के राजेश कुमार कामरा अवुरी उनुकर सात साल के पोता मन्नत शामिल बाड़े। दुनों के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जबकि बच्चा के हालत गंभीर बा। प्रत्यक्षदर्शी तुरंत घाही लोग के सुरक्षित जगह पs ले गईले।

पुलिस आरोपी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवलस

कार से टकरा के चार गो अउरी लोग के मामूली चोट लागल आ प्राथमिक चिकित्सा करावल गइल. कार के मालिक के भी कानूनी कार्रवाई के सामना करे के पड़ता। स्थानीय लोग ड्राइवर के पकड़ के अधिकारी के सौंप देले। लापरवाह गाड़ी चलावे अवुरी जान के खतरा में डाले के धारा के तहत मामला दर्ज भईल बा। 

पुलिस कार जब्त कs लिहलस

जानकारी के मुताबिक, अपना सात साल के पोता के लेके जात एगो 56 साल के युवक के तेज रफ्तार से आवत हुंडई सैंट्रो कचर दिहलस। घटना सुबह 10:11 बजे भईल। एगो 17 साल के लईका के चलावल कार लईका के कुचल देलस, जवना से राजेश कुमार कामरा अवुरी उनुकर पोता मन्नत दुनो लोग घाही हो गईले। पुलिस कार के जब्त कs के नाबालिग चालक के हिरासत में ले लेले बिया।

ए घटना के बाद सोशल मीडिया पs बहुत लोग के प्रतिक्रिया आईल बा। एक आदमी एक्स पs कहले कि जदी कवनो बच्चा के कम उम्र में गाड़ी चलावे के अनुमति बा तs सरकार से कड़ा कार्रवाई के उम्मेद होखे के चाही। एक आदमी कहलस कि इs केतना खतरनाक बा कि लोग आसानी से बच्चा के कार के चाभी देके दोसरा के मारे खातीर छोड़ देवेले। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पातर कमर खातीर करीं इs योगासन के अभ्यास, मिली हीरोइन जइसन Slim waist

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.