बांका। बिहार के बांका जिला के प्रसिद्ध पर्यटन आ धार्मिक स्थल मंदार पर्वत पs एगो जुवती के संगे कथित छेड़खानी, अभद्र बेवहार, गाली-गलौज आ धमकी देवे के ममिला सामने आइल बा। घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखे के बाद बौंसी थाना के पुलिस प्राथमिकी दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बा। पुलिस के मोताबिक, घटना 3 जून 2026 के हs, जबकि एकर वीडियो 22 सितंबर के व्हाट्सऐप के माध्यम ये पुलिस के संज्ञान में आइल। ममिला में तीन आरोपियन के पहचान हो गइल बा आ तीनो के गिरफ्तारी खातिर लगातार छापेमारी चल रहल बा।
वीडियो वायरल भइला के बाद पुलिस सुरू कइलस जांच
पुलिस के मोताबिक, 22 सितंबर 2026 के दुपहरिया करीब 2:45 बजे बौंसी थाना के सोशल मीडिया सेल के व्हाट्सऐप पs मंदार पर्वत परिसर के एगो आपत्तिजनक वीडियो मिलल। जांच में पता चलल कि वीडियो पुरान बा आ 3 जून 2026 के घटना से जुड़ल बा।
वीडियो के संज्ञान में लेत बौंसी थानाध्यक्ष के नेतृत्व में पुलिस टीम सशस्त्र बल के संगे मंदार पर्वत पहुंचल। टीम घटनास्थल के सत्यापन कइलस आ स्थानीय दुकानदार आ ग्रामीणन से पूछताछ कइलस। एकरा बाद प्राथमिकी दर्ज कs के जांच आ छापेमारी सुरू कs दीहल गइल।
संघतिया के साथ मंदार घूमे गइल रहे जुवती
पुलिस के ओर से मिलल जानकारी के अनुसार, पीड़िता 3 जून 2026 के अपना दूगो संघतिया के संगे मंदार पहाड़ घूमे गइल रहे। ओही दौरान वायरल वीडियो में दिखाई दे रहल तीन गो जुवक युवती के घेर लेले सs।
पुलिस के मोताबिक, आरोपी जुवती के हाथ पकड़के अभद्र बेवहार कइले सs, गाली-गलौज कइले सs आ धमकी देले सs। आरोप बा कि घटना के दौरान अब्दुल्ला नाम के आरोपी पीड़िता के संघतिया से ऑनलाइन माध्यम से अपना खाता में 1,500 रुपिया ट्रांसफर करववलस। एकरा बाद पीड़िता आ ओकर साथी लोग के उहां से जाये दिहल गइल।
BNS आ IT Act के धारा में केस दर्ज
ममिला में बौंसी थाना कांड संख्या 248/26 दर्ज भइल बा। पुलिस भारतीय न्याय संहिता (BNS) के धारा 74, 75, 76 आ 3(5) के संगे आईटी एक्ट के धारा 66E आ 67A के तहत केस दर्ज कइले बा।
वायरल वीडियो के डिजिटल साक्ष्य के रूप में सुरक्षित कs के जांच में सामिल कइल गइल बा। सुरुआत में वीडियो में 6-7 अज्ञात जुवक दिखाई देवे के बात सामने आइल रहे। पुलिस जांच के बाद घटना में सामिल तीन गो जुवक के पहचान अब्दुल्ला, नितीश कुमार राय आ विकास कुमार के रूप में कइल गइल।
तीनो आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी जारी
पुलिस तीनो आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर संभावित ठिकाना पs लगातार छापेमारी कs रहल बिया। पुलिस के कहनाम बा कि तीनो के जल्दिये गिरफ्तार करे के प्रयास जारी बा।
बांका पुलिस के मोताबिक, वायरल वीडियो के आधार पs पूरा ममिला के जांच हो रहल बा। घटना से जुड़ल डिजिटल आ दोसरा साक्ष्यन के अनुसंधान में सामिल कइल गइल बा। पुलिस आरोपी के पहचान आ गिरफ्तारी के संगे ममिला के दोसरा पहलुअन के जांच कs रहल बिया।
Read Also: आजू से यूपी इंटरनेशनल ट्रेड शो के सूरुआत, लोगन के मिली फ्री शटल सेवा; रूट आ टाइमिंग देखीं







No comments yet. Be the first to comment!