नई दिल्ली। भारतीय महिला मुक्केबाज लवलीना बोरगोहेन शुक्रवार के एशियन गेम्स-2026 में गोल्ड मेडल जीत के इतिहास रच दिहली। ओलंपिक मेडल विजेता लवलीना आइची-नागोया में खेलल जा रहल एशियन गेम्स में महिला 75 किलोग्राम भार वर्ग के मुकाबला में चीन के जियी बाओ के हरा के ई मेडल अपना नाम कइ लिहली।
लवलीना आ चीन के खिलाड़ी के बीच मुकाबला काफी आक्रामक रहल आ दुनु मुक्केबाज अटैक करे के रणनीति अपनोली। चीन के खिलाड़ी काफी कोशिश कइली, बाकिर लवलीना अटैक के साथे-साथ डिफेंस में उनकरे प भारी पड़ली। नतीजा ई रहल कि भारत के हिस्सा में गोल्ड मेडल आ गइल।
मैरी कॉम वाला काम कइली
एह के साथे लवलीना इतिहास रच दिहली। उ एशियन गेम्स में गोल्ड मेडल जीते वाली भारत के खाली दुसर के महिला मुक्केबाज बन गइली। उनकरा से पहिले खाली दिग्गज मुक्केबाज मैरी कॉम ई काम कइले रहली। मैरी कॉम साल 2014 में खेले गइली एशियन गेम्स में गोल्ड मेडल जीत के भारत के खाता खोलले रहली। अब एह लिस्ट में लवलीना के नामो जुड़ गइल बा।
लवलीना के पिछला एशियाई खेल में गोल्ड जीतले के मौका मिलल रहे, बाकिर फाइनल मुकाबला में उनकरे के हार मिलल आ सिल्वर मेडल से ही संतोष करे के पड़ल रहे।
लवलीना खातिर ई मेडल अउरी खास बा, काहेकि ऊ ई अपना जन्मदिन के मौका प जीतले बाड़ी। ऊ अपना के ई तोहफा देके काफी खुश होइहें।
अइसन रहल मैच
चीन के मुक्केबाज फ्रंटफुट प रहत शानदार शुरुआत कइली। लवलीना इहाँ धैर्य बनवले रखली आ मौका मिलते वार कइली। एह राउंड में ऊ 3-2 से जीत हासिल करे में सफल रहली।
दूसरका राउंड में भारतीय मुक्केबाज के खेल में अउरी आत्मविश्वास देखे के मिलल आ चीन के खिलाड़ी के अति आक्रामक खेल के समझत लवलीना सूझबूझ से काम लिहली। लवलीना कुछ सटीक पंच लगोली जवन चीन के खिलाड़ी के पीछे करे खातिर काफी रहल। ई राउंड लवलीना 4-1 से जीतली।
तीसरका राउंड में लवलीना इहे रणनीति अपनवली आ जीत हासिल कइली।







No comments yet. Be the first to comment!