सेंट्रल डेस्क। अरुणाचल प्रदेश के चांगलांग जिला में भारत-म्यांमार सीमा के लगे मंगर के बिहान असम राइफल्स के गश्ती टीम पs संदिग्ध उग्रवादी हमला कs देले सs। एह हमला में एगो जवान के मौत हो गइल, जबकि चार गो आउर जवान घायल हो गइल बाड़ें। घटना के बाद सुरक्षाबल इलाका में तलाशी अभियान तेज कs देले बाड़ें।
अधिकारियन के मोताबिक, घटना बिहान करीब 6:30 बजे नामपोंग नाला के लगे भइल। ओह समय, 21 असम राइफल्स के जवान भारत-म्यांमार सीमा पs गश्त करत रहे लोग। एह इलाका में सीमा पs बाड़ लगावे के काम चल रहल बा।
एही दौरान संदिग्ध उग्रवादी गश्ती दल पs अचानक गोलीबारी सुरू कs देले सs। हमला में 42 साल के हवलदार जांखोकाई कूकी गंभीर रूप से घायल हो गइलें आ बाद में उनकर मौत हो गइल। चार गो आउर जवान घायल भइल बाड़ें। घायल जवानन के इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल जा रहल बा। फिलहाल उनकर हालत के बारे में विस्तृत जानकारी सामने नइखे आइल।
NSCN (K-YA) पs जतावल जा रहल बा शक
प्रारंभिक जानकारी के मोताबिक, हमला में NSCN (K-YA) से जुड़ल उग्रवादियन के सामिल होखे के आशंका जतावल जा रहल बा। हालांकि, अभी ले सुरक्षा एजेंसियन भा असम राइफल्स के ओर से हमलावरन के पहचान के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। हमला के बाद सुरक्षाबल इलाका में अभियान तेज कs देले बाड़ें आ संदिग्ध उग्रवादियन के तलाश कइल जा रहल बा।
चांगलांग के पुलिस अधीक्षक किर्ली पाडु बतवलें कि उनका घटना के जानकारी मिलल बा। ऊ चांगलांग थाना के प्रभारी अधिकारी के मवका पs पहुंच के घटना से जुड़ल जानकारी जुटावे के निरदेस देले बाड़ें।
भारत-म्यांमार सीमा से सटल चांगलांग जिला में पहिलहू उग्रवादी संगठनन के गतिविधि सामने आवत रहल बा। सीमा के दुनो ओर सक्रिय उग्रवादी समूह के आवाजाही के चलते ई इलाका सुरक्षा के नजर से संवेदनशील मानल जाला।
Read Also: Gorakhpur : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में प्रवेश के अंतिम मौका, खाली सीट खातिर जल्दी करीं आवेदन







No comments yet. Be the first to comment!