Air India : दिल्ली से मुंबई जा रहल एअर इंडिया के फ्लाइट में तकनीकी खराबी, वापस लवटल विमान 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2025

नई दिल्ली। दिल्ली से मुंबई जा रहल एअर इंडिया के एगो विमान टेक ऑफ के कुछ देर बाद तकनीकी खराबी के सामना कइलस, जवना के बाद विमान के वापस दिल्ली में लैंड करावल गइल। मिलल

Share

नई दिल्ली। दिल्ली से मुंबई जा रहल एअर इंडिया के एगो विमान टेक ऑफ के कुछ देर बाद तकनीकी खराबी के सामना कइलस, जवना के बाद विमान के वापस दिल्ली में लैंड करावल गइल।

मिलल जानकारी के मोताबिक, सोमार के दिने दिल्ली से मुंबई जाये वाला एअर इंडिया के फ्लाइट AI-887 में उड़ान भरला के कुछ समय बाद तकनीकी समस्या आ गइल। सुरक्षा के धेयान में रखत पायलट विमान के वापस दिल्ली एयरपोर्ट पs सुरक्षित उतार देलस।

एअर इंडिया के प्रवक्ता बतवलें कि स्टैंडर्ड ऑपरेटिंग प्रोसीजर (SOP) के तहत विमान के दिल्ली में लैंड करावल गइल। फ्लाइट में सवार सब यात्री आ क्रू मेंबर पूरा तरे सुरक्षित बा लोग। लैंडिंग के बाद सब यात्रियन के विमान से सुरक्षित उतार लिहल गइल बा।

एयरलाइन कंपनी के ओर से यात्रियन खातिर वैकल्पिक बेवस्था कइल जा रहल बा, ताकि ऊ लोग बिना जादे परेसानी उठवले आपन यात्रा पूरा कs सके लाेग। तकनीकी खराबी के कारणन के जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: Rahul Gandhi on MANREGA : राहुल गांधी के मोदी सरकार पs बड़ हमला, कहलें- 20 साल के मनरेगा एके दिन में ध्वस्त कs दिहल गइल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.