अफगानिस्तान : काबुल के गुरुद्वारा पर आतंकी हमला, कई लोग के जानमाल के डर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2022

अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में एगो गुरद्वारा पर हथियारबंद बंदूकधारियन के गोलीबारी के खबर सामने आ रहल बा. ए घटना में नाहियो त 25 लोग घाही होखे के अनेसा बा। एगो अखबार गुरद्वारा के अध्यक्ष

Share

अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में एगो गुरद्वारा पर हथियारबंद बंदूकधारियन के गोलीबारी के खबर सामने आ रहल बा. ए घटना में नाहियो त 25 लोग घाही होखे के अनेसा बा। एगो अखबार गुरद्वारा के अध्यक्ष गुरनाम सिंह के हवाला देत ई जानकारी दिहले बा. गुरनाम सिंह बतवले बाड़न कि बंदूकधारी अचानक गुरद्वारा में घुस गइले आ ओकरा बाद अंधाधुंध फायरिंग शुरू कर दिहले. कुछ लोग आपन जान बचावे खातिर बिल्डिंग के दूसरा ओर लुका गईल बाड़े। एकरा संगे-संगे गुरद्वारा के भीतर कम से कम 25 लोग फंसल बाड़े। ताजा जानकारी के मुताबिक गुरुद्वारा के भीतर अभी तक दुगो हमलावर बाड़े।

परिसर के भीतर दुगो विस्फोट भईल

खबर के मुताबिक परिसर के भीतर दु विस्फोट भईल अवुरी गुरुद्वारा से सटल कुछ दोकान में आग लाग गईल। गुरद्वारा परिसर का भीतर नाहियो त दू गो हमलावर होखे के अनेसा बा आ तालिबान के लड़ाकू ओह लोग के जिंदा पकड़े के कोशिश करत बाड़े.

तालिबान के लड़ाकू मौका प पहुंच गईले

काबुल गुरद्वारा प हमला करे वाला बंदूकधारी शायद तालिबान के प्रतिद्वंद्वी दाइश समूह के रहले। तालिबान के लड़ाकू मौका पर चहुँप गइल बाड़े आ एह लोग का बीच लड़ाई चलत बा. गुरद्वारा के नुकसान भइल बा आ चार गो सिख लापता बाड़े. पंजाब के राज्यसभा सांसद विक्रम साहनी इ जानकारी देले।

हमनी के स्थिति प बारीकी से नजर रखतानी : भारतीय विदेश मंत्रालय

भारतीय विदेश मंत्रालय कहलस कि काबुल के एगो पवित्र गुरुद्वारा प भईल हमला से हमनी के बहुत चिंता बा। हमनी का हालात पर बारीकी से नजर राखत बानी जा आ आगे के घटनाक्रम पर अउरी जानकारी के इंतजार करत बानी जा.

7-8 लोग अभीनो गुरद्वारा के अंदर फंसल बानें : मंजिंदर सिंह सिरसा

भाजपा नेता मंजिंदर सिंह सिरसा कहले कि जानकारी के मुताबिक अभी तक तीन लोग चल गईल बाड़े। जवना में से दू जने के अस्पताल भेज दिहल गइल बा. गुरद्वारा के पहरेदार के मौत हो गईल बा। मानल जाता कि अभी तक 7-8 लोग भीतर फंसल बाड़े लेकिन संख्या के पुष्टि नईखे भईल। अभी भी फायरिंग जारी बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.