30 सितंबर 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2026

दिनांक- 30/09/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग आश्विन कृष्ण पक्ष तिथि– चतुर्थी दिन के 02 बजके 55 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन- बुध। भरणी नक्षत्र दिन के 07 बजके 36 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 30/09/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि– चतुर्थी

दिन के 02 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- बुध।

भरणी नक्षत्र

दिन के 07 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद कृत्तिका नक्षत्र।

वज्र जोग

रात के 12 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्धि जोग।

 बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/10/2026

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 12 बजके 35 मिनट ले।

दिन- बियफे।

रोहिणी नक्षत्र

सबेरे के 04 बजके 27 मिनट ले।

सिद्धि जोग

रात के 09 बजके 17 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक ममिला में सोच-समझ के फैसला लीं। परिवार के सहजोग मिली।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

रुकल काम पूरा होखे के जोग बा। नौकरी में अधिकारी लोग से बातचीत फायदेमंद रही। बेमतलब के खरचा से बचीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज मेहनत के बढ़िया परिणाम मिल सकेला। पुरान संपर्क से फायदा होई। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

काम के दबाव रह सकेला, बाकिर धैर्य से इस्थिति संभार लेम। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। नौकरी आ कारोबार में नया अवसर मिल सकेला। निवेश से जुड़ल फैसला जल्दबाजी में मत लीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दिन के सुरुआत व्यस्त रह सकेला। राउर काम के तारीफ होई। धन से जुड़ल ममिला में फायदा के जोग बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज कवनो महत्वपूर्ण व्यक्ति से मुलाकात हो सकेला। नौकरी बदले के योजना पs विचार कs सकेनी। रिश्ता में मिठास बनल रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मेहनत के बादो कवनो काम में देरी हो सकेला। धैर्य बनवले रखीं। आर्थिक इस्थिति धीरे-धीरे मजबूत होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज करिअर खातिर सकारात्मक दिन बा। नया जिम्मेदारी भा अवसर मिल सकेला। जतरा के योजना बन सकेला।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कार्यक्षेत्र में मेहनत जादे करे के पड़ सकेला। पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। धन के ममिला में सावधानी जरूरी बा। परिवार के कवनो सदस्य के सलाह राउर कामे आ सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिल सकेला। नौकरी में नया प्रोजेक्ट भा जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में लाभ के अवसर आई। संघतिया भा परिचित से जरूरी मदद मिल सकेला। सेहत के लेके लापरवाही मत करीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन में सकारात्मक विचार रही। नौकरी में प्रगति के मवका मिल सकेला। कारोबार में निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी ले लीं। परिवार में खुसी के माहौल बनी। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला।

Read Also: New Delhi : नितिन नवीन कहलें- योगी जी के पीएम मोदी के पूरा आशीर्वाद

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.