28 सितंबर 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 28, 2026

दिनांक- 28/09/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग आश्विन कृष्ण पक्ष तिथि– द्वितीया दिन के 07 बजके 13 मिनट ले, ओकरा बाद तृतीया। दिन- सोमार। रेवती नक्षत्र दिन के 10 बजके 16 मिनट ले, ओकरा बाद

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 28/09/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि– द्वितीया

दिन के 07 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सोमार।

रेवती नक्षत्र

दिन के 10 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

ध्रुव जोग

दिन के 08 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/09/2026

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि-तृतीया

दिन के 05 बजके 10 मिनट ले।

दिन- मंगर।

अश्विनी नक्षत्र

दिन के 09 बजके 03 मिनट ले।

 हर्षण जोग

दिन के 03 बजके 20 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिने आत्मविश्वास बढ़ी। कामकाज में नया मवका मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति ठीक रही, बाकिर बिना मतलब के खरचा से बचीं। परिवार में माहौल सुखद रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फायदा मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के अधिकारियन के सहजोग मिली। कारोबार में सोच-समझ के फैसला लीं। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज कुछ नया सीखे के मवका मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला। संघतिया से मुलाकात मन खुस कs दी। प्रेम संबंध में बातचीत से गलतफहमी दूर हो सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावनात्मक रूप से तनिका उतार-चढ़ाव रह सकेला। काम में धैर्य रखीं। परिवार के कवनो सदस्य से जरूरी बातचीत हो सकेला। खरचा पs नियंत्रण रखल बेहतर रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर नेतृत्व क्षमता के तारीफ होई। नौकरी-कारोबार में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। आर्थिक रूप से दिन लाभदायक रह सकेला। आत्मविश्वास बनवले रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज अधूरा काम पूरा करे पs ध्यान दीं। नौकरी में बदलाव भा नया अवसर के बारे में सोचत बानी तs समय अनुकूल हो सकेला। सेहत खातिर खानपान पs धेयान दीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्तन में मधुरता आई। कामकाज में सहकर्मी के सहजोग मिली। धन के ममिला में सावधानी जरूरी बा। कवनो जरूरी फैसला जल्दबाजी में मत लीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के परिणाम मिल सकेला। पुरान समस्या के समाधान निकले के संभावना बा। कारोबार में फायदा हो सकेला। परिवार के संगे समय बितावल मन के शांति दी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बन सकेला। काम में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होखे के संकेत बा। विद्यार्थी लोग पढ़ाई पs खास धेयान देवे।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कामकाज में व्यस्तता बढ़ी। लक्ष्य हासिल करे खातिर लगातार मेहनत जरूरी बा। घर-परिवार में कवनो जरूरी फैसला हो सकेला। स्वास्थ्य के अनदेखी मत करीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिल सकेला। नौकरी में नया अवसर सामने आ सकेला। संघतिया से कवनो उपयोगी सलाह मिली। धन निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी जरूर लीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन में सकारात्मक विचार रही। परिवार से सहजोग मिली। नौकरी-कारोबार में फायदा के मवका मिल सकेला। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ी। स्वास्थ्य सामान्य रही।

Read Also: New Delhi : अंतरिक्ष तक काहे पहुँच गइल डेटा सेंटर लगावे के रेस; मस्क के सपना गूगल कइसे साकार करे के तैयारी में बा?

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.