Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

28 मार्च 2022 के राशिफल

278

दिनांक- 28/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

चैत कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन में 03 बजके 59 मिनट ले।

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन-सोमार।

श्रवण  नक्षत्र

दिन में 12 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

सिद्ध जोग

साँझ के 05 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद साध्य जोग।

वालव करण।

पापमोचनी एकादशी व्रतम् सर्वेषाम्।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक- 29/03/2022

 चैत कृष्ण पक्ष

तिथि-द्वादशी

दिन में 02 बजके 16 मिनट ले।

दिन-मंगर।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन में 11 बजके 14 मिनट ले।

साध्य जोग

दिन में 03 बजके 10 मिनट ले।

तैतिल करण।

भौम प्रदोष व्रत, बुढ़वा मंगल।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेवहारिक ममिला के निपटावे में रउआ सफल रहेम। रचना के काम में सफलता मिली। कवनो हद ले आपन भावना जनावे में सफल रहेम। पुरान समस्या दूर होई। स्वास्थ के लेके चिंता रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज नाया काम में बढ़न्ती होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल रही। शासन सत्ता के सहजोग मिली। धार्मिक प्रगति आउर बढ़ी। रिस्तन में मजबूती आई। बेवसाय में लाभ मिली। बियहल जिनगी सुख से भरल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। संघतिया लो के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। अचके कुछ लाभ मिल सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। संघतिया के सहजोग मिली। शिक्षा के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। लमहर समे से चलल आ रहल सवास्थ के परेसानी दूर होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेवसायिक पक्ष मजबूत रही। उत्साह बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक कोसिस सफल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी  के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन् में रुचि लेम। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन यश किर्ति आ सम्मान बढ़ी। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पेट से जुड़ल परेसानी बन सकेला। मानसिक तनाव बनल रही। जीवनसाथी  के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। आज बहुते खुस रहेम। बिना मतलब के खरचा के इस्तिथी बन सकेला।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। कवनो जतरा के संजोग बनी जवन सुखद रही। मानसिक तनाव बन सकेला।
232380cookie-check28 मार्च 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.