24 सितंबर 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2026

दिनांक- 24/09/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग भाद्रपद शुक्ल पक्ष तिथि– त्रयोदशी रात के 11 बजके 18 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्दशी। दिन- बियफे। धनिष्ठा नक्षत्र दिन के 10 बजके 35 मिनट ले, ओकरा बाद

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 24/09/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि– त्रयोदशी

रात के 11 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बियफे।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन के 10 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

धृति जोग

दिन के 03 बजके 54 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/09/2026

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

रात के 11 बजके 07 मिनट ले।

दिन- सुक।

शतभिषा नक्षत्र

दिन के 11 बजके 31 मिनट ले।

शूल जोग

दिन के 05 बजके 20 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन कामकाज में नया मवका मिल सकेला। धन से जुड़ल मामिला में जल्दबाजी मत करीं। परिवार के संगे समय बितावल मन के सुकून दी।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा नतीजा मिल सकेला। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। कारोबार करे वाला लोगन के फायदा के मवका मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन कुछ नया सीखे के मवका मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला। साथी भा संघतिया से बातचीत करत घरी शब्द के धेयान रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में खुसी के माहौल रही। आर्थिक इस्थिति सामान्य रही। सेहत के लेके लापरवाही मत करीं आ आराम खातिर समय जरूर निकालीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम के जगह पs राउर प्रयास के तारीफ हो सकेला। अधिकारी लोगन से सहजोग मिली। खरचा बढ़ सकेला, एहसे बजट बना के चलीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज योजना बनाके काम करे से फायदा होई। पुरान संपर्क से कवनो जरूरी काम बन सकेला। विद्यार्थियन खातिर दिन सकारात्मक रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

रिश्तन में मधुरता बढ़ी। नौकरी में नया अवसर मिल सकेला। निवेश करे से पहिले कागज-पत्तर आ जरूरी जानकारी ठीक से जांच लीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कुछ चुनौती सामने आ सकेला, बाकिर धैर्य रखला से इस्थिति संभर जाई। कारोबार में सोच-समझ के फैसला लीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

जतरा के जोग बन सकेला। आर्थिक रूप से दिन सामान्य से बेहतर रह सकेला। परिवार के कवनो सदस्य के सहजोग मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

कामकाज में व्यस्तता बढ़ी। मेहनत के परिणाम धीरे-धीरे सामने आई। खरचा पs नियंत्रण रखल रउआ खातिर फायदेमंद रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लागी। नौकरी भा कारोबार में नया विचार फायदा पहुंचा सकेला। संघतियन से सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मन में सकारात्मकता रही। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली। धन के मामिला में सावधानी बरतीं आ बेवजह के खरचा से बचीं।

Read Also: Telecom Regulation: ट्राई के बड़ फैसला: बिना डेटा वाला प्लान के विकल्प मिली

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.