Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

02 अप्रिल 2022 के राशिफल

286

दिनांक- 02/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

विक्रम संवत् 2079 प्रारम्भ।

हिन्दू नववर्ष, राक्षस नाम संवत्सर,राजा शनि, मन्त्री गुरु।

 चैत शुक्ल पक्ष

तिथि-प्रतिपदा

दिन में 11 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन-सनिचर।

रेवती नक्षत्र

दिन में 11 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

ऐन्द्र जोग

दिन में 08 बजके 22 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

वव करण।

वासन्तनरात्रस्य आरम्भ:।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/04/2022

चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन में 12 बजके 01 मिनट ले।

दिन-अतवार।

अश्विनी नक्षत्र

दिन में 12 बजके 11 मिनट ले।

वैधृति जोग

दिन में 07 बजके 38 मिनट ले।

कौलव करण।

नवरात्र, द्वितीय दिवस।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेवहारिक ममिला के निपटावे में रउआ सफल होखेम। रचना के काम में सफलता मिली। कवनो हद ले आपन भावना व्यकत करे में सफल रहेम। पुरान समस्या दूर होई। स्वास्थ के लेके चिंता रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई। जतरा के संजोग बन सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

स्वास्थ्य बाधा से भरल रही। मानसिक तनाव बनल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। अधूरा काम पूरा होई। जतरा के संजोग बन रहल बा। कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान के लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी। धन यश किर्ति आ सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के काम सफल होई। कवनो नाया काम के योजना बनी। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। संघतिया के सहजोग मिली। भाग-दउर रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। घर के जरूरी सामान बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

स्वास्थ में बाधा रही। मानसिक तनाव बन सकेला भा रही। काम के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

काम के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो महत्व के काम पूरा होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।
234790cookie-check02 अप्रिल 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.