थायराइड होले से शरीर में का दिक्कत होला?

सबेरे-सबेरे

थाइरॉइड एगो आम समस्या हs, जवना के चलते शरीर में बहुत समस्या हो सकता। अइसना में एकरा बारे में विस्तार से जानल बहुत जरूरी बा।

थाइरॉइड के समस्या

अगर थाइरॉइड बढ़े लागे तs महिला के ओवरीज में सिस्ट बन सकता। एकरा से इनफर्टिलिटी के समस्या हो सकता।

त्वचा के समस्या

थाइरॉइड के समस्या त्वचा पs भी असर डाल सकता। एकरा में पिंपल्स के समस्या बढ़ सकता अवुरी त्वचा भी सूख सकता। एह समस्या से बचे खातिर नियमित देखभाल जरूरी बा।

पीरियड के समस्या

थाइरॉइड बढ़ला से महिला में अनियमित मासिक धर्म के समस्या हो सकता। कबो पीरियड्स के बहाव बढ़ जाला, तs कबो कम हो जाला।

भूख बढ़ल

अगर थाइरॉइड के स्तर बढ़ जाला तs भूख बहुत बढ़ जाला। एकरा चलते वजन बढ़े के समस्या पैदा हो जाला। एह समस्या के नियंत्रित करे खातिर सही आहार जरूरी बा।

कमजोरी महसूस होखल

थाइरॉइड के चलते शरीर में कमजोरी भी महसूस हो सकता। एकरा के चलते घुटना सुन्न हो सकता, पूरा शरीर में दर्द हो सकता, जावना से आदमी के सामान्य कामकाज पs असर पड़ सकता।

हार्मोनल असंतुलन

थाइरॉइड के चलते हार्मोनल असंतुलन हो सकता, जवना से मानसिक स्थिति पs भी असर पड़ सकता। तनाव, चिंता अवुरी अवसाद जईसन समस्या हो सकता, जवना से जीवन पs असर पड़ सकता।

बाल झड़ल

थाइरॉइड के समस्या के चलते बाल झड़ल भी एगो आम समस्या हो सकता। इs स्थिति आदमी के आत्मविश्वास कम कs सकता अवुरी मानसिक परेशानी पैदा कs सकता।

थाइरॉइड के बढ़ला से शरीर के भीतरी अंग पs भी असर पड़ सकता। अयीसना में डॉक्टर से सलाह लिहल जरूरी बा।

सेहत से जुड़ल अउरी जानकारी खातीर पढ़त रही- khabarbhojpuri.com