कबो-कबो अइसन होला कि मन बिना कवनो खास कारण के उदास रहेला।
हो सकता कि इs भावना सामान्य होखे, बाकिर जदी एकरा के अनदेखा कईल जाए तs एकरा से लंबा समय ले आपके मानसिक अवुरी शारीरिक स्वास्थ्य पs असर पड़ सकता।
इहाँ 5 आसान अवुरी प्रभावी टिप्स दिहल बा जवन कि आपके हल्का अवुरी खुश महसूस करे में मदद कs सकता
मेडिटेशन कइले से मन शांत होला आ नकारात्मक विचार दूर होला. नेगेटिव फील होले पs गहरा सांस ली. एसे तनाव कम होला. रोज 10 मिनट के ध्यान करीं
मेडिटेशन
कवनो पार्क भा बगइचा में जा के पेड़-पौधा, चिरई-चुरुंग आ ताजा हवा के आनंद लीं। धूप में कुछ समय बितावे से मूड में सुधार होखेला। प्रकृति के संगे समय बितावे से दिमाग में सकारात्मकता बढ़ जाला।
माहौल
हल्का व्यायाम, योग, चाहे टहलल आपके मूड तुरंत सुधार सकता। नाचे भा कवनो अइसन गतिविधि में शामिल होखीं जवना से रउरा खुश होखीं. शारीरिक गतिविधि से शरीर में 'फील-गुड' हार्मोन (एन्डोर्फिन) बढ़ जाला।
एक्सरसाइज
आपन भावना अपना डायरी में लिखीं। एह प्रक्रिया से रउरा अपना स्थिति के समझे में मदद मिल सकेला आ एकर समाधान निकालल जा सकेला. लिखला से मन हल्का हो जाला।
लिखीं
अपना रोजमर्रा के दिनचर्या में कुछ बदलाव लेके आईं। कहीं नया जगहा जाई, नया चीज सीखीं, भा नया योजना बनाईं. बदलाव से नया ऊर्जा आ ताजगी आवेला..