दैनिक राम कथा प्रवचन के साथे एमे मंडप आ यज्ञशाला में शास्त्रीय सांस्कृतिक प्रदर्शन होई आ रोज सबेरे प्रसाद वितरण होई
मंदिर में दोपहरिया 2 बजे से राम कथा प्रवचन से शुरू होई.मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रामलला के अभिषेक करिहें
अंगद टीला स्थल पs जर्मन हैंगर टेंट लगावल गईल बा, जवना में एक संगे 5,000 लोग के बईठ सकेलें
एह समारोह में आम लोगन खातीरो द्वार खुलल रहीं आ करीब 110 वीआईपी भी शामिल होहिहें,
एमे उहो लोग के निमंत्रण बा जे बितल साल 22 जनवरी 2024 के प्राण-प्रतिष्ठा समारोह में शामिल नाहीं हो पाइल रहे.
पंचाग के मुताबिक, बितल साल 22 जनवरी 2024 के पौष शुक्ल द्वादशी के वो अनुपम तिथि रहे, जब मंदिर में रामलला के प्राण-प्रतिष्ठा भइल रहे. एह साल पौष शुक्ल द्वादशी के तिथि 11 जनवरी के पड़ रहल बा