भूला जाई फेसवॉश, एs घरेलू नुस्खन से साफ करीं चेहरा
कच्चा दूध एगो प्राकृतिक क्लींजर हs। इs आपके त्वचा से गंदगी अवुरी धब्बा के दूर करे में मदद करेला, जवना से चेहरा पूरा तरीका से साफ देखाई देवेला।
कॉटन बॉल कच्चा दूध में भिगो के धीरे से चेहरा पs लगा के कुछ मिनट बाद गुनगुना पानी से धो लीं। एकरा अलावे इs त्वचा के नमी देवेला।
नींबू में विटामिन सी अवुरी एंटीऑक्सीडेंट होखेला, जवन कि त्वचा के साफ अवुरी चमकदार बनावेला। इs दाग के हल्का करे अवुरी टैनिंग के कम करे में मदद करेला।
आधा नींबू के सीधा चेहरा पs धीरे से रगड़ के चाहे ओकर रस रुई के गोला के मदद से लगाई। 10 मिनट के बाद ठंडा पानी से धो लीं। संवेदनशील त्वचा वाला लोग के एकर इस्तेमाल पानी में मिला के करे के चाही।
चंदन के पाउडर त्वचा के ठंडा अवुरी ताजगी देवेला। चंदन के पाउडर में गुलाब के पानी मिला के पेस्ट बना के चेहरा पs लगाई। सुखावे के बाद ठंडा पानी से धो लीं। इs त्वचा के साफ अवुरी मुलायम बनावेला।
टमाटर के रस त्वचा के टैनिंग के कम करे अवुरी ओकरा के चमकदार बनावे में मदद करेला। टमाटर के ताजा रस निकाल के चेहरा पs लगा के 15 मिनट के बाद धो लीं। त्वचा के छिद्र के कसला में भी इs मददगार होखेला।
आलू के रस त्वचा के दाग के हल्का करे में कारगर होखेला। एगो आलू के कस के ओकर रस निकाल के चेहरा पs लगाई। 15 मिनट बाद ठंडा पानी से धो लीं। इs त्वचा के प्राकृतिक चमक देवेला।
सेहत से जुड़ल अउरी जानकारी खातीर पढ़त रही- khabarbhojpuri.com