Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: खलीलाबाद अंडरपास खातीर 22 मई से 7 जून ले ट्रेन प्रभावित, पढ़ी पूरा डिटेल

130

 

 

 

खलीलाबाद कस्बा में बनत अंडरपास खातिर ट्रैफिक आ पावर ब्लॉक मिल गइल बा. पूर्वोत्तर रेल प्रशासन खलीलाबाद-मगहर खंड के बीच के एह ब्लॉक के चलते 22 मई से 7 जून तक ट्रेन के समय बदल देले बा। सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवले कि कोच्चुवेली-गोरखपुर एक्सप्रेस 23 मई के 1.25 घंटा देर से चलावल जाई।

23 मई आ 8 जून के जननायक एक्सप्रेस में 25 मिनट, 7 जून के कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस में .55 मिनट, जम्मूतवी-बरौनी एक्सप्रेस – 8 जून के एक घंटा 50 मिनट के देरी होई। 22 मई आ 7 जून के मथुरा से मथुरा-छपरा एक्सप्रेस ढाई घंटा देर से चल जाई। 22 मई के आनंद विहार से चंपारण सत्याग्रह एक्सप्रेस आनंद विहार टर्मिनल से डेढ़ घंटा के देरी होई। 7 जून के आनंद विहार टर्मिनल से चले वाली कामाख्या साप्ताहिक ट्रेन आनंद विहार से एक घंटा 50 मिनट के देरी पs देरी होई।

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.