Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब गोरखपुर में हर दुसरका सनीचर के

2,958
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर: फोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब हर महीना में दूसरका सनीचर के गोरखपुर में मिली। डॉ० राहुल भार्गव 15 जुलाई के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी हॉस्पिटल, मेडिकल कॉलेज रोड आ हनुमान प्रसाद पोद्दार कैंसर अस्पताल, गीता वाटिका गोरखपुर में उपलब्ध रहिहें।

एह दौरान कवनो तरे के ब्लड डिसऑर्डर वाला पेशेंट जाके अपना आप के देखा सकत बा लो।  रक्त केंसर के संगे-संगे सब तरे के रक्त से जुड़ल रोगन संबंधी बेमारियन के जांच कइल जाई। एमे खून के ना बनल, बेर-बेर संक्रमण के होखल, रोग प्रतिरोधक क्षमता के कमजोर होखल, हाथ-गोड़ में सूजन होखल, थकान लागल, बेर-बेर बोखार लागल, एप्लास्टिक एनीमिया, बोन मैरो प्रत्यारोपण लईकन के थैलेसीमिया, रक्त संबधित कैंसर, ल्युकेमिया, माइलेमा, ल्युमफोमा, तिल्ली आ जिगर बढ़ गइल सामिल बा।

अइसन में ऊ लोग जे एह तरे के रोगन से परेसान बा सनीचर के सिटी सुपर सुपरस्पेशलिटी जाके डॉ० राहुल भार्गव से देखा सकत बा।

597210cookie-checkफोर्टिस गुरुग्राम के सुपरस्पेशलिटी ओपीडी अब गोरखपुर में हर दुसरका सनीचर के

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.