Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Biharsharif Violence: DGP आरएस भट्टी कइलें हिंसाग्रस्त इलाकन के दौरा, अब तक 77 गिरफ्तार

डीजीपी के दौरा के बाद नालंदा एसपी अशोक मिश्रा कहलें कि स्थिति अब नियंत्रण में बा। एगो व्यक्ति के मौत बहुल बा आ 77 लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। दोषियन के खिलाफ सख्ती से कार्रवाई कइल जा रहल बा।

332

Sasaram Violence News: बिहार के डीजीपी आरएस भट्टी (DGP RS Bhatti) अतवार के हिंसा प्रभावित इलाकन के निरीक्षण कइलें। एह दौरान ऊ वरिष्ठ पुलिस अधिकारियन के संगे बइठक कs के आपराधिक तत्वन से सख्ती से निपटे के कहलें। ऊ साफ निरदेस देलें कि कवनो उपद्रवी के बख्शल ना जाव।

ओहिजा, डीजीपी के दौरा के बाद नालंदा एसपी अशोक मिश्रा कहलें कि स्थिति अब नियंत्रण में बा। एगो व्यक्ति के मौत बहुल बा आ 77 लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। दोषियन के खिलाफ सख्ती से कार्रवाई कइल जा रहल बा। एकरा संगही ऊ कहलें कि हिंसा प्रभावित इलाकन में सुरक्षा बलन के तैनात कs दिहल गइल बा।

तेजस्वी हिंसा के बतवले संघी प्रयास

ओहिजा, बिहार में जारी हिंसा पs उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव बीजेपी आ आरएसएस पs करारा प्रहार कइलें बाड़ें। ऊ ट्वीट कs के लिखले कि बिहार में सद्भाव बिगाड़े के संघी कोशिश पs बिहार सरकार के पैनी नजर बा। जवना राज्यन में बीजेपी कमजोर बिया। उहां बौखलाई बिया। एकरा संगही ऊ उपद्रवियन के खिलाफ कठोर कार्रवाई के आश्वासन देत लिखलें कि एक-एक उपद्रवी के चिन्हित कs के कठोरतम कार्रवाई कइल जा रहल बा। भाईचारा के तुड़े के हर भाजपाई ‘प्रयोग’ के हमनी के हमेशा माकूल जवाब देले बानी सs आ देत रहेम सs।

सबसे पहिले 30 मार्च के भड़कल रहे हिंसा

गौर करे आला बात बा कि 30 मार्च के रामनवमी जुलूस के बाद से बिहार के कुछ जिलन में तनाव के माहौल बनल बा। हिंसा के सुरुआत रोहतास जिला के सासाराम से भइल। एकरा बाद नालंदा जिला के बिहारशरीफ में हिंसा भड़क उठल। घटना के तीन दिन बादो इलाकन में तनाव बनल बा। हालांकि, पुलिस आ प्रशासन उपद्रवियन पs नकेल कसे में जुटल बा। एह बीच सोशल मीडिया पs कइयन गो अइसन वीडियो वायरल हो रहल बा, जेमे सासाराम के कुछ इलाकन से मुस्लिम समाज के लोगन के पलायन करत देखल जा सकत बा। हालांकि, अइसन वीडियो के सत्यता के पुष्टि खबर भोजपुरी नइखे करत।

साभार: ABP Live

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.