Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नसीरुद्दीन शाह के बेटी के बर्थ सर्टिफिकेट SDM रोकलस: कहलस- 53 साल बाद जरूरत काहे?

2,016
Google Ads 300*250 for posts

 

अलीगढ़ के एसडीएम बॉलीवुड अभिनेता नसीरुद्दीन शाह के बड़की बेटी हीबा के जन्म प्रमाण पत्र जारी करे से मना कर दिहले बा। कहत बा कि अगर सर्टिफिकेट चाहीं त ओकरा कवनो ब्लड रिलेटिव के एहिजा आके आवेदन करे के पड़ी। एकरा संगे एकरा पीछे के कारण इहो बतावे के होई कि 53 साल बाद उनुका जन्म प्रमाणपत्र के जरूरत काहें बा?

प्रोफेसर फ्रेंड के माध्यम से आवेदन कईले रहले

अभिनेता एएमयू के प्रोफेसर दोस्त के माध्यम से बेटी हीबा के जन्म प्रमाण पत्र खातीर नगर निगम में आवेदन कईले रहले। एहमें ऊ बतवले कि उनकर बेटी के जनम 20 अगस्त 1970 के अलीगढ़ के टीकाराम नर्सिंग होम में भइल रहे। एही से बेटी के सर्टिफिकेट जारी करीं।

अपर नगर आयुक्त राकेश कुमार यादव लगभग 53 साल बाद इ प्रमाणपत्र मांगल गईल बतवले। एहसे नियम के मुताबिक नगर निगम ए मामला में एसडीएम के रिपोर्ट मंगलस। एकरा बाद एसडीएम स्तर से आवेदन खारिज हो गईल।

अपर नगर आयुक्त बतवले- अगर सर्टिफिकेट के जरूरत बा त बा के कवनो ब्लड रिलेटिव के इहाँ आके आवेदन करे के पड़ी। एकरा संगे उनुका जन्म के तारीख से जुड़ल कवनो सत्यापित दस्तावेज चाहे शपथ पत्र देवे के होई।

इहो बतावे के पड़ी कि 53 साल बाद उनुका एह प्रमाणपत्र के काहे जरूरत बा। एकरा बाद ही ओह लोग पs प्रमाणपत्र जारी करे खातिर विचार कइल जाई।

ओह घरी नसीरुद्दीन शाह अलीगढ़ में रहत रहले आ पढ़त रहले

बॉलीवुड अभिनेता नसीरुद्दीन शाह मूल रूप से बाराबंकी के रहे वाला हउवें। 1967 से 1970 ले अलीगढ़ में पढ़ाई कइले। एही बीच 1970 में पहिलकी पत्नी मनारा के बड़की बेटी हीबा के जन्म भईल।

एकरा बाद नसीरुद्दीन के मुलाकात अभिनेत्री रत्न पाठक से भइल आ धीरे-धीरे दुनु जने के एक दोसरा से प्यार हो गइल। मनारा से तलाक हो गइल आ ओकरा बाद रत्न से 1 अप्रैल 1982 के बियाह भइल।

रत्न से बियाह के कुछ समय बाद नसीर के पहिलकी पत्नी के मउत हो गईल। रउरा बता दी कि नसीरुद्दीन के बड़ भाई जमीरुद्दीन शाह अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के कुलपति रहल बाड़े।

594400cookie-checkनसीरुद्दीन शाह के बेटी के बर्थ सर्टिफिकेट SDM रोकलस: कहलस- 53 साल बाद जरूरत काहे?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.