Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

756
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: चाचा भतीजा के दुनो आंख फोड़लस: सीतामढ़ी में खेलत घरी अपहरण कइलस, हाथ- गोड़ के नाखूनो उखड़लस, नफरत अइसन आंख तक निकाल लेलस। पांचवां के छात्र रहे लईका।
  2. बिहार: सीवान में स्कार्पियो में 3 लोग जिंदा जरल: पोल से टकरइला के बाद भइल धमाका, भीतर से आवत रहे चिल्लाये के आवाज। टक्कर के बाद धमाका के आवाज के संगे लागल आग।
  3. उत्तर प्रदेश: वाराणसी एनकाउंटर में ढ़ेर समस्तीपुर के दुनो भाई; पटना में 60 लाख के बैंक डकैती कइले रहले सs, 2 महीना पहिले पेशी से भागल रहलें, 5 में से 4 भाई अपराधी।
  4. उत्तर प्रदेश: भाजपाई भइलें आजम खान के मीडिया प्रभारी फसाहत अली खां शानू, भूपेंद्र चौधरी दिलवले पार्टी के सदस्यता। आजम के कइयन गो आउर करीबी भाजपा में सामिल।
  5. झारखंड: लातेहार के बेंदी जंगल में पुलिस नक्सली मुठभेड़, तीन नक्सली ढ़ेर, हथियार बरामद।
  6. इंडोनेशिया में भूकंप, 56 लोग के मौत: 700 से बेसी लोग घायल; दहशत में लोग इमारतन के खाली कइल। भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल प 5.6 रहल आ एकर सेंटर जावा के सियांजुर में रहे।
  7. मोदी बोललें- हम जनता के सेवक, हमार औकात का बा? मधुसुधन मिस्त्री कहलेे रहस – एह चुनाव औकात लउक जाई।
  8. शिंदे गुट के विधायक बोलले – राज्यपाल के हटावल जाव: कहलें – इतिहास ना जाने वाला गवर्नर के राज्य से बाहर भेजल जाव, शिवाजी प दिहल बयान से बा नाराजगी।
  9. पाक मीडिया के बड़ दावा -6 साल में अरबपति बनलें बाजवा: एक साल में पत्नी के आमदनी दु अरब भइल, रिटायरमेंट से आठ दिन पहिले खुलासा।
  10. लिस्ट-A क्रिकेट इतिहास के सबसे बड़ पारी: एन जगदीशन बनलवें 277 रन, रोहित के रिकॉर्ड तुड़लें, पहिला बेर 50 ओवर में 500 रन बनल।
387720cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.