गरमी में पपीता खईले से का      होला?

सबेरे-सबेरे

पपीता के सेवन सेहत खातिर फायदेमंद मानल जाला। ई फल कई गो पोषक तत्व से भरपूर होला। बतावल जाव कि गरमी में एकरा के खइला से हमनी के स्वास्थ्य के कवन फायदा होला?

पपीता में मैग्नीशियम फाइबर, फोलेट अवुरी एंटीऑक्सीडेंट के संगे विटामिन एs, विटामिन सी, विटामिन ई जईसन पोषक तत्व बहुतायत में पावल जाला।

पपीता में पानी के मात्रा जादा होखेला, जवन कि गरमी के मौसम में शरीर के हाइड्रेटेड अवुरी ताजा राखे में मदद करेला।

पपीता में पपेन नाव के एगो एंजाइम होखेला जवन कि पाचन में सुधार करेला। एकर सेवन से गैस्ट्रोइंटेस्टाइनल संबंधी अवुरी समस्या पs नियंत्रण होखेला।

पपीता में मौजूद कोलीन कंपाउंड शरीर में सूजन के कम करेला। सूजन के कम कईला से गठिया के खतरा कम होखे में मदद मिलेला।

पपीता में विटामिन सी भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि प्रतिरक्षा प्रणाली के बढ़ावेला। मजबूत प्रतिरक्षा प्रणाली संक्रमण से लड़े में मदद करेला।

सेहत से जुड़ल अउरी जानकारी खातीर पढ़त रही- khabarbhojpuri.com