कवन अंग दबवले से कपार दर्द ठीक         होला?

सबेरे-सबेरे

कपारदर्द एगो आम समस्या हs, जवन कईगो कारन से हो सकेला। इs दर्द हल्का से लेके गंभीर रूप में हो सकेला।

एक्यूप्रेशर पॉइंट

एक्यूप्रेशर पॉइंट शरीर के खास बिंदुअन पs दबाव डालके दर्द  आ तनाव के कम करे में मदद करेला, जवन शरीर के संतुलित  आ आरामदायक बनावेला

अंगूठा आ तर्जनी

अंगूठा आ तर्जनी के बीच के क्षेत्र 'यूनियन वैली पॉइंट' हs, जहां दबाव डलले से कपार के दर्द तुरंत कम हो सकेला. एसे शरीर के आराम मिलेला

आँख के बीच के हिस्सा

आँख के बीच के इलाका पs दबाव डालला से कपार दर्द से राहत मिलेला।  इs बिंदु तनाव अवुरी दर्द से राहत देवे में बहुत कारगर बा।

गर्दन के निचला हिस्सा पs दबाव डालल

 गर्दन के निचला हिस्सा पs दबाव डालला से कपार दर्द कम हो जाला, जवना से आपके मानसिक अवुरी शारीरिक आराम मिलेला।  एहसे तनाव कम हो जाला।

कंधा के ऊपरी हिस्सा पs दबाव डालल

कंधा के ऊपरी हिस्सा पs दबाव डालला से ना खाली कंधा के दर्द से राहत मिलेला, बालुक एकरा से कपार अवुरी पूरा शरीर के भी राहत मिलेला।

कपारदर्द से राहत

अगर रउरा नियमित रूप से एक्यूप्रेशर करीं तs एकरा से ना खाली कपारदर्द कम होई बालुक तनाव भी कम होई। एह से शरीर के हल्का महसूस होला।

एक्यूप्रेशर एगो प्राकृतिक तरीका हs,जेसे रउरा बिना कवनो दवा के कपारदर्द आ तनाव से छुटकारा पा सकेंनी 

सेहत से जुड़ल अउरी जानकारी खातीर पढ़त रही- khabarbhojpuri.com